डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev) header
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev) profile picture

Asst. Prof @RLAC_DU | PhD (Mass Comm) | Columnist & Bhojpuri Advocate | ICSSR Fellow ’18-20 | Ex TSI, SunStar, IOP @Bhoj_Bhoomi | Member @aakharbhojpuri

New Delhi, India
Joined April 2014
Photo by डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev)Photo by डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev)Photo by डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev)Photo by डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev)Photo by डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev)Photo by डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev)Photo by डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev)Photo by डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev)Photo by डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev)
इंडिगो के पटना फ़्लाइट के क्रू भोजपुरी में ब्रीफ़ करत बाड़ें ⁦@IndiGo6E⁩ के इ पहल सराहे योग बा. गोरखपुर, पटना, बनारस, कुशीनगर के यात्री लोग ख़ातिर भी भोजपुरी में ब्रिफिंग होई तो बड़ा निमन रही. निहोरा बा ⁦इंडिगो⁩ से कि ऊ एकरा ख़ातिर ठोस पहल करे. ⁦@aakharbhojpuri⁩
157
749
204
3,919
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
कहानी- केकरा पर करबि सिंगार लेखक- रामवृक्ष राय विधुर जवार भर में केहू के मजाल ना रहे कि भोला पहलवान का सोझा खड़ा होखे। जब ऊ कवनो बाति पर खिसिया के सनकी हाथी नीयर खड़ा हो जासु त नीमन-नीमन नवहन के सॉसि फूले लागे। मीठू ओस्ताद का अखाड़ा में बइठक करे लागसु त उनुका गोड़ का नीचे गड़हा हो जा, पसेना से जमीनि भींजि जा, बाकिर थाकसु ना। मीठू ओस्ताद भोला के होनहर देखि के, छाती फुला के कहसु- 'इहे एगो पट्ठा बा जे हमार नॉव उजागर करी।" सचहूँ के भोला पहलवान ओस्ताद के नाँव चमका दिहलन। जब दसहरा मेला में भूलू पहलवान् जवार भर का पहलवानन के हॉकि दिहलन आ हाथ मिलावे खातिर केहू तइयार ना भइल त भोले पहलवान अखाड़ा में उतरलन । भूलू नवछेटिया पहलवान भोला के देखि के, हँसि के कहलन, "सुनले रहली हॅँ जे एह जवार में नीमन-नीमन पहलवान बाड़न स। हमरा ई मालूम ना रहल ह कि हमार नांवे सुनि के सब लँगोटा धई देई। भोला अखाड़ा के माटी हाथ में ले के ओस्ताद के नांव लिहलन आ छरकि के अखाड़ा में आ गईलन- "गुमान ना करे के चाहीं। गुमान दुनिया में केहू के नईखे रहल।" भोला पैंतरा बदलि के कहलन-" गुमान नइखीं करत बाकिर बाघ-बकरी में लड़ाई कईसन"।भूलू के बाति सुनि के भोला के ऑखि ईंगुर अइसन लाल हो गइली स। गम्भीर होके कहलन, "काहे, हाथी के मउवति चिउँटी का हाथ में होले, मैदान में आवs, तब पता चली। हम मीठू ओस्ताद के पट्टा हवीं। भूलू आपनि देहि बटोरि के ताली ठोंकि के भोला से हाथ मिलवलन। हाथ मिलवते अॅकवार में दबा लिहलन। बाकिर एहसे पहिले कि ऊ भोला के लेके नीचे गिरसु, लोग देखल कि ओह दइत जइसन पहलवान का नीचे भोला थोरे तिरिछा भइलन, आ उनुकर लँगोटा धइ के उठावे लगलन। भूलू के गोड़ उठि गइल। देंहि का भारी बोझ से भोला के मुँह लाल हो गइल। थोरही घरी में भूलू के अपना कान्हा पर उठा लिहलन आ ओइँजे से लंगी देके फेंकलन त भूलू चारू पाँवे चित्त हो गइलन। जवार में भोला के नॉव बाजि गइल। गाँव के मुखिया निहाल पचास रूपया इनाम दिहलन। ठुमरी भोला के देखलसि, त देखते रहि गइलि। कसइली नीयर कसलि दोहे, कदली का खम्भा नीयर जॉँघि, बीछी का आर नीयर अँइठलि- अॅइठलि मोछि, गर में गलबन्द नीयर लपिटाइल लॅगोटा आ कउड़ी नीयर बड़ी-बड़ी ऑखि जइसे ठुमरी का ऑखि में गड़ि गइलि। ओकर मन लट्टू हो गइल। मेला का दू-तीन दिन बाद निहाल का घर में डाका पड़ल। गाँव भर के आदमी बिटुराइल रहे। बाकिर केहू के फरह ना परे कि आगे बढ़ो। जइसे जना जे सभका थथमा लागि गइल बा। एही बीच में भोला के ललकार सुनाइल- "खड़ा का बाड़ऽ जा। तमासा देखे के आइल बाड़ऽ जा?" भोला डाकुअन का गोल में पइटि गइलन। निहाल के माई छाती पीटि-पीटि रोवति रहली। ठुमरी एगो घर में कोठिला का आड़ में लुकाइलि रहे। डर का मारे ओकर कुल्हि देहि पीपर का पतई नीयर कॉपति रहे। मन धुँआ हो गइल रहे। भोला के देखलसि त जीव में जीव परल। "अब का डेराइलि बाडू?" भोला ठुमरी का निगिचा जाके कहलन। टुमरी आँगन में आ गइलि- "बाप रे बाप! करिया-करिया नीयर रहुवन स। देखि के रोवाँ ठाढ़ हो जात रहुवे।" ठुमरी भोला का ऑखि में ऑखि डालि के कहलसि, "तहरा के देखली हं तब जीव में जीव परल ह।" एह डकईती के बाद भोला के इज़्ज़ति आउर बढ़ गईल। गांव भर के नवहा उनका के दिन भर घेरले रहसन। निहाल का दुअरा पर साँझ-सबेरे दुनो बेरा बईठकी जमे लागलि। निहाल के कुल्ह लईका भोला से पतिया गईल रहसन। ठुमरी एकदम मुँहलग्गू हो गइलि रहे। कहीं डहरी-डाँडे भेंट होखे त 'बम भोला' कहि के रिगावे। बाकिर भोला कुछ बोलसु ना, मुसकिया के आगे बढ़ि जासु। काँचे उमिर में भोला जवार का कुल्हि नवहन के पछारि के काफी नाँव कमा लिहलन। मीठू ओस्ताद के पगरी उनहीं का कपार पर बन्हाइलि। देहात का हर गाँव से नवहा उनुका अखाड़ा पर जोर करे खातिर आवें स। भोला के लेके, खरहना गाँव के नॉव जिला में फइल गइल। दूसरा साल फेनु दसहरा के मेला लागल । धान के पौधा माथ पर मउर बान्हि के हँसे लगलन स। जइसे जना जे धरती सोना के चादरि ओढि लेले बा। गाँवन में जवना साल खेती सुतरेले, तिहवारन में रंग आ जाला । जइसे जना जे मेला में मये देहात उमड़लि आवतिया। आदमिन का मारे मेला में सावाँसुधि ना रहे। देहिं से देहिं छिलात रहे। दुकानो हरसाल से अधिका आइलि रहली स। चारू ओर धूम-गज्जर मचल रहे। कहीं नाचि होति रहे, कहीं कुछ आदमी बिटुर के बिरहा गावत रहलन। चारू और मस्ती झरति रहे। बंजर भुँइ सुहागिन बनि गइलि रहे। ठुमरी मेला देखि के लवटति रहे। भोला के देखि के लवटि आइलि-" एगो हमार काम करबs? "एगो ना सइ गो!" भोला ठाड़ हो गइलन- "कवन काम बा, कहऽ?" "कुछऊ ना। अइसहीं टोकि दिहलीं हॅं।" दुमरी हँसि के कहलसि, "गाँव पर कब चलबs?" भोला बिना कुछ जबाब दिहले आगे बढ़ि गइलन। सूरज डूबि गइल रहे। मेलहरू मेला देखि के लवटत रहलन स। "आ दुर करु! चलत-चलत पॉव पिरा गइल। अबहीं केतना दूर गाँव बा” जोखनी बायाँ हाथ के कहँतरी दहिना हाथ में लेके कहलसि। "चलि आई! अब निगिचा लेले बानीं जा कउवा खोंच के बगइचा लउकत बाटे।" "के ह, ठुमरी?" "हूँ" "तू निहाल के लइकी हविसि नू बचिया? तोरे नू पर साल अतरवना बिआह भइल?" ठुमरी हुँ-नाहीं कुछ ना बोललि। कमला, जवन ओह गॉव का लइकिन वाला मदरसा में, मास्टरनी रहली- कहली-" हूँ, इनहीं के विवाह पर साल अतरवना भइल रहे।" बाची का करम में आगि लागि गइलि। कहाँ सोरह बरिस के कॅवल का फूल नीयर सुघर-सुभेख लइकी आ पैंतालीस बरिस के बूढ़ झरनाठ बर! जोखनी के ऑखि सलोर हो गइलि रहली स। लोर आँचर का खूँट से पोंछि के कहलसि, "जइसे जनाला जे निहाल का ऑखि में काचा बइठि गइल रहे- रुपया ना रहे त केहू गरीबे आदमी कीहें जोड़-जुगुत के सुघर- सुलेख लइका देखि के बिआह कइ देले रहितन।" "बेटी आदमी का कपार के बोझ हो गइल बाड़ी स। उन्हनी का जिनिगी का बारे में केहू नइखे सोचत।" सुघरी माथ पर लूगा ठीक कइके कहलसि "अपना कपार के बोझ हलुक होखे के चाहीं। लइकी खाला परो भा ऊँचा। एकर केकरा फिकिर बा।" "हम त कहि देतीं जे बिआह ना करबि।" जगरनियाँ बीचे में बाति लोकि के कहलसि । "करिया-भूचेंग, जइसे जना जे भरि देहीं कोइला पोतल होखे! राम! राम! छी ।" "एही के जरूरति बा। समाज हमनी का कमजोरी के नजायज फायदा उठावत बा जेही कमजोर होला, दब्बू होला, ऊहे दबावल जाला, समाज का चक्की में पीसल जाला। समाज को देवालि पुरान हो गइलि बा अब ओमें पेवन लगवला के जरूरति नइखे। जोर से धक्का दिहला के काम बा जे ढहि जाउ।” कमला बोलति चलि जाति रहली, "जे अपना सुख-स्वारथ खातिर दुसरा का जिनिगी से खेलवाड़ करेला, ऊ हीत ना, दुसमन ह। पक्का दुसमन। निहाल जोन्हा केकाहे खेदि दिहलन? एही से नूँ कि ऊ करिया रहे कुरूप रहे। ओह घरी समाज कहाँ रहे- गाँव-गिराँव कहाँ रहे। का जोन्हिया निहाल के इज्जति ना रहे पगरी ना रहे?" कमला के बाति खतम भइलि त बरहना गाँव के दिया लउकत रहे। ठुमरी घरे पहुँचलि त दिया-लेसान के बेरा हो गइल रहे। दुआर पर आदमिन के जमवड़ा लागल रहे- "भाई, गजब हियाव के आदमी रहलन ह। मेला में जेतना आदमी रहलन ह, सभ उनुकर मुअल सुनि के रो दिहल ह। एक-दू आदमी के कहाँ हिम्मति रहलि ह जे उनुका पर हाथ उठाओ। सतरह गो गंड़ास लागल बानऽ स।" भोला के मुअल सुनि के ठुमरी के कुल्हि देहि सुन्न हो गइलि। ओकरा लेखे दुनिया में अन्हार हो गइल। देहि पर के गहना जइसे जना जे ओकरा खातिर बोझ हो गइल बा। हाथ के चूरी फोरि दिहलसि। दूसरे दिने सबेरे ओकर माई चूरी के खाली हाथ देखि के पुछलसि-" चूरी का हो गइलि? एहवाती मेहरारू के चूरी सुहाग ह। जाके पहिरि ले।" ठुमरी के ऑखि सलोर हो गइली स। दूसरी ओर मुँह फेरि के कहलसि, "का होई चूरी पहिरि के, अब एह दुनिया में हमार के बा जे देखी?" जिरिया ठुमरी का ओर घूमि के देखलसि त ओकरा आँखि से सावन-भादो का बदरी नीयर पानी बरिसत रहे।
2
2
164
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
Proud moment for the University of Delhi! In the QS World University Rankings: Sustainability 2027, DU has risen to 237th globally (from 241), 30th in Asia (from 36), and 3rd in India (from 4), with its overall score improving from 80.9 to 84.2. Ranked 1st in India for Environmental Education, Knowledge Exchange, Impact of Education and Good Governance. Congratulations to the entire DU fraternity on this achievement. अभिनन्दन। @PMOIndia @EduMinOfIndia @JoshiPralhad @YeDesHaiMera
4
33
5
70
11,779
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
फंफोर , टूटन , पुआ , ठेकुआ, सातू आ चिउरा ! जनेरा ( मकई ) के आटा के " टूटन " कहल जाला ओहि तरे जनेरा के भात के " फंफोर / फंफार " कहल जाला । टूटन के सुभाव ह कि एकर रोटी पाकत घरी टूट जाले ( जदि ओरिजनल यानि कुछ मेरवनी ना होखे त ) आ एहि से एकरा में सीधा भा जौ आदि के आटा मिलावल जाला । क हाली लोग तरहथी प गोलवथ के 24 कैरेट टूटन के पकावल जाला । बात अब फंफोर के - " फंफोर चाटल " एगो मुहावरा ह जवन भोजपुरी क्षेत्र में गरीब खातिर प्रयोग कइल जाला । 25-30 साल पहिले ले जनेरा के भात ढेर उ लो खात रहे जे गरीब रहे, जेकरा खेती बारी ना रहे । तब चाउर के भात ओहू में अरवा उसिना खुदिया आदि के भाव स्टेट्स के हिसाब से रहत रहे । आज के समय में जनेरा के भात यानि कि फंफोर, माठा संगे भा दही संगे नीमन से एकवट के एकहंथे तरहथी में बटोर के सरपोटा जाला । चुकि जनेरा के भात पाकत घरी फट-फट करेला एहि से एकर नाव " फंफोर / फंफार " धराइल बा । इ शब्द शायदे अब प्रयोग में बा । जनेरा के भात पाकत देखब त फट फट क के जवन आवाज आवेला ओह में छींटा भी खुब उड़ेला एहि से ओह के ढंकल रहे के परेला । छोटे छोटे ठोप लेखा फट-फटाला । ' पुआ ' संस्कृत में पुआ के अपूप कहल जाला आ जवना जवना त्योहार में पुआ पाकेला ओह त्योहार के " अपूपमय पर्व " कहल जाला । ठेकुआ आ पुआ के ले के भोजपुरी समाज बहुत उतावला रहल बा । ठेकुआ त भोजपुरी समाज के पाथेय पकवान ह । एगो मुहावरा के हिसाब से - कि पेट भरे छठिया माय कि पेट भरे अनतवा भाय ॥ छठ पूजा में ठेकुआ परसादी ह आ अनंत चतुर्दशी में पुआ बनेला । कहाउत के हिसाब से एहि दिने पेट भरेला । पेट भरला से माने आत्मा तृप्त होले । पुआ पाकत घरी लइकाइ प लइका कुल्ह खेल में कहियन स - अरर बरर पुआ पाकेला चीलर खोइंछा नाचे ला ॥ सत्तू , सतुआ , सतुई , शुद्ध रुप से पुर्वांचल , आ बिहार के उत्पाद ह । कहे वाला भा कुछ किताबिन के उदाहरण सतुआ के खोज ऋषि विश्वामित्र से जो‌ड के देखावेला । इमेभोजा शब्द जवन वेद के एगो ऋचा में बा उ कहीं ना कहीं सत्तू , वेद के समय काल आ भोजपुरी के देखावेला । कुछ भाषा के जानकार , भोजपुरी बोली के संस्कृत के समानांतर मनले बा‌डे । खैर मय के भुला के जदि प्राकृत के काल में भोजपुरी श्रीगणेश के देखल जाउ त पतंजलि के कथन भाषाई प्रोडक्ट यानि उत्पाद के गवाही दे रहल बा । ईसा पुर्व तीसरा शताब्दी में पतंजलि अपना ग्रंथ " महाभाष्य " में लिखत बा‌ड़े - " सत्तून् पिब देवदत्त । " ( सत्तून् माने सतुआ । ) महाकवि हर्ष लिखत बा‌डे - " प्रतिहट्टपथे घरट्टजात् पथिकाहवानदसक्तुसौरभै । " माने जांत में पिसात सातु के सोन्ह गमक, ओकर खुसबू राहि चले वाला राही के अपना ओर घींचेला । ठेकुआ , खजुर , अघरवटा वाला ठेकुआ , लाइ , मेथी आदि के संगे संगे जवन भोजपुरियन के पाथेय ह उ ह चिउरा । हमरा मन परत इंजिनियरिंग करत घरी जब जा‌ड़ में हम गांव से कालेज जाई त गांव से हमरा बेग में मेथी , खजुर , तिलवा , चिउरा रहत रहे । चिउरा के दुध संगे, दही संगे, पानी संगे गुर मिला के, आ खाली गुर संगे सुखलो खाइल जा सकेला । कराही में हल्का तेल डाल के चिउरा के भुंज के नून स्वाद के हिसाब से लगा एगो नमकीन बन जाला । जदि होखे त चिनियाबेदाम के दाना डाल के भुंज दीं । एह भुजलका चिउरा के रसदार तरकारियो संगे खाइल जा सकेला । चिउरा क गुन आगर ह । एगो भोजपुरी लोकगीत ह ,मूल रुप से इ जंतसार ह । जंतसार जवन कि एकल आ समूह गायन ह , त एह में पहिला स्त्री पति के केंद्र में राख के गीत कढावत बिआ जवना में चिउरा कुटे के जिक्र बा जबकि अगिला पंक्ति माई आ बेटा के संवाद बा । बेटा व्यापार खातिर मोरंग देस , मगहर ( मगहर से एजुगा मगध से मतलब बा ) देस जा रहल बा । चिउरा कुटू चिउरा कुटू संवरो तिरियवा रे । आरे हम त जइबो संवरो मगहरे देसवा रे ॥ 1 रोइ रोइ सँवरो रे चिउरा रे कुटेली । आरे हंसि हंसि उमर बान्हावेले रे ॥ 2 कई महीना बबुआ रोहरे रे पायेतवा । कतेक दिन रहबो बबुआ मगहरे देसवा रे ॥ 3 छव महीना मातवा रहबो मगह देसवा । वरीस मातवा जइबो रे मोरंग देसवा रे ॥ 4 आगे के गीत बा कि काहें खातिर एह देस में जइबा , त बेटा बतावत बा कि पान सुपारी कीने , फेरु माई कहत बाड़ी कि आपन हाल समाचार भेजत रहिहा । केहू मारे काटे खातिर आइ त मुइहा कटिहा जनि हिम्मत से लड़िहा । - नबीन कुमार
4
10
301
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
लोकपर्व छठ पूजा के चौथा दिन (भोर के अरघ) पहिला दिन नहाय खाय, दुसरा दिन खरना, तीसरा दिन यानि सांझि के अरघ, आ अब चौथा दिन, यानि कि भोर के अरघ। आज भोर के अरघ देला के बाद, खरना से शुरू 36 घंटा से उपर के निर्जला उपवास खतम होई। परबईतिन लोगन के आखर परिवार के ओर से सादर प्रणाम। छठ माई के किरपा आशिर्वाद सभका मिले ।
4
6
236
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
छठी माई होखी ना सहाय 🙏🙏 अदितमल होखी ना सहाय 🙏🙏 छठ व्रती लोगिन के आखर परिवार गोड़ लागत बा 🙏🙏
5
16
326
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
लोकपर्व छठ पूजा के तीसरा दिन (सांझि के अरघ) पहिला दिन नहाय खाय, दुसरा दिन खरना, आज तीसरा दिन यानि आज सांझि के अरघ। आज डूबत सुरुज ( अदितमल) के छठ व्रती लो अरघ दिही। पहिला दिने नहाय खाय, दुसरा दिने खरना के बाद आज सांझि खा के अरघ दिआई । परबईतिन लो के उपवास के दुसरा दिन ह । काल्ह बिहाने यानि कि सुरुज देव के उगे के बेर, लोकपर्व छठ-2026 के भोर के अरघ दिआई आ छठ पर्व सम्पन्न होई ।
4
11
295
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
सूरुज के दीया देखावे के लोकभाव - देवेंद्र एन तिवारी लोक के भाखा बड़ अजगुत होला। जिनगी के छोटहन-मोटहन अनुभव से ऊ अइसन कहाउत गढ़ लेले कि ओकरा में पूरा जीवन-दरसन समा जाला। ‘सूरुज के दीया देखावल’ भी अइसने एगो कहाउत ह। केहू के सोझा आपन विद्वता बघारल होखे, अपना औकात से बढ़ि के बात कहल होखे, भा अइसन काम में आपन जांगर झोंकल, जेकर कवनो जरूरत ना होखे, त लोक कहि देला कि चलले बाड़ें सूरुज के दीया देखावे! सूरुज के सोझा दीया के का बिसात! जेकर आपन किरिन से दिन के उजास होला, ओकरा सोझा माटी के दीया के लौ के का मोल! एह कहाउत में व्यंग्य बा, उपहास बा आ आदमी के आपन सीमा बूझे के सीखो बा। बाकिर छठ घाट पर पहुँचते एह कहाउत के माने बदल जाला। सूरुजो उहे, दीयो उहे आ आदमीओ उहे। फरक एतने बा कि इहाँ दीया देखावे वाला आपन सामर्थ देखावे नइखे आइल। ऊ सूरुज के आपन अंजोर बतावे नइखे आइल। ऊ त अपना छोटहन घर-गिरहस्ती के एगो दियरी लेके ओह विराट सत्ता के सोझा आइल बा, जेकरा बिना ओकर खेत में अनाज ना होई, अंगना में तुलसी भी झुरा जइहें, नदी के पानी ना चमके आ धरती पर जिनगी के गति थथम जाई। कहाउत के व्यंग्य इहाँ आके नेह आ निष्ठा में बदल जाला। लोक के ईहे त खूबी ह। ऊ एके चीज के परिस्थिति आ भाव के हिसाब से अलग-अलग माने दे सकेला। छठ के कलसूप में रखल दीया के देखीं। बाँस के सूप में फल बा, ठेकुआ बा, कसार बा, ऊख बा, मूरई, शरीफा, अनरसा, नारियल बा आ एह सभे के बीच एगो छोटहन दीया भी बा। सूरुज के सोझा दीया के लौ केतना छोट बा! सूरुज के तेज ओकरा से अनगिनत गुना अधिक बा। तबो व्रती ऊ दीया लेके पानी के तीरे खड़ा होला। ओकरा मालूम बा कि ओकर ई लौ सूरुज के अंजोर में कुछो ना जोड़ सके। ओकर एह छोटहन उपक्रम से सूरुज के कवनो काम बने वाला नइखे। त फेर ऊ अइसन काहे करेला? एह सवाल के जवाब तर्क से अधिक लोक के रहन-सहन आ व्यवहार में मिलेला। आदमी जेकरा प्रति कृतज्ञ होला, ओकरा सोझा अपना घर के सबसे प्रिय चीज लेके जाला। बेटी बिदा होखेले त माई ओकरा हाथ में कुछ ना कुछ जरूर थमावेली। घर में पाहुन आवेला त गृहस्थ अपना सामर्थ के हिसाब से ओकरा खातिर पानी आ बइठे के आसन जुटावेला। देवता के सोझा दीया जरावल भी एही नेह-छोह भरल व्यवहार के विस्तार ह। उहाँ चढ़ावे के चीज के मोल ओकर आकार भा कीमत से ना आँकल जाला। ओकर मोल त ओह भाव में होला, जेकरा साथे ऊ चढ़ावल जाला। सूरुज के दीया देखावल एही लोकाचार के एगो रूप ह। ई सूरुज के अंजोर देवे के उपक्रम नइखे, अपना घर के लौ ओकरा सोझा धरे के संस्कार ह। आदमी अपना छोटहन दुनिया से जेतना कुछ जुटा सकेला, ओतने लेके प्रकृति के ओह विराट रूप के सोझा हाजिर होला। ओकरा लगे सोना-चानी के धन-दौलत होखे भा माटी के एगो साधारण दीया, चढ़ावे के भाव दुनो में एके जइसन हो सकेला। लोक के नजर में समर्पण के महत्ता चढ़ावल चीज के दाम से ना, ओकरा पीछे लागल मन से तय होला। भारतीय परंपरा में दीप के विधान बहुत पुरान बा। वैदिक साहित्य में अग्नि के देवता लोग ले हवन के आहुति पहुँचावे वाला माध्यम मानल गइल बा। यज्ञ में भी अग्नि के उपस्थिति बा आ गृहस्थ के रोजमर्रा के जिनगी में भी। आगे चलके पूजा-पाठ, देवालय आ संस्कार में दीपदान आ दीप-अराधना के तरह-तरह के विधान विकसित भइल। दीया जरावल मंगल के सूचक बनल। तमस से अंजोर के ओर बढ़े के प्रार्थना में भी अंजोर के इहे सांस्कृतिक भाव समाइल बा। परंपरा के एह अलग-अलग रूप में दीया आदमी आ देवत्व के बीच नेह के संबंध के माध्यम बनल रहल बा। छठ में एह दीया के आपन लोक-संदर्भ बा। इहाँ पूजा के केंद्र में सूरुज बाड़ें, बाकिर सूरुज अकेले नइखन। उनका साथे पानी बा, धरती बा, अन्न बा, फल बा, बनस्पति के उपज बा आ आदमी के मेहनत बा। बाँस के सूपो प्रकृति के देन ह। ओकरा में रखल फल खेत आ बगइचा से आइल बा। ऊख में धरती के रस बा। ठेकुआ में घर के रसोई, गेहूँ के आटा, गुड़ आ घी के मेल बा। दीया में माटी, तेल आ बाती के सहयोग बा। एह तरह कलसूप अपना भीतर प्रकृति आ गृहस्थी के आपसी संबंध के एगो छोटहन संसार समेटले रहेला। व्रती जब एकरा सूरुज के सोझा उठावेली, त अपना जिनगी के आधार बनल एह सभे चीज के भी परनाम करेली। एह प्रसंग में एगो अउरी बात धियान देवे जोग बा। छठ में डूबत सूरुज के भी अरघ दिहल जाला आ उगत सूरुज के भी। लोक के ई नजरिया बड़ उदार बा। ऊ सूरुज के चढ़ाव आ उतार, दुनो के स्वीकार करेला। डूबत सूरुज के प्रति ओतने नेह आ आदर बा, जतना उगत सूरुज के प्रति। जिनगी में हासिल भइल उपलब्धि के सराहल सहज होला, बाकिर जे जिनगी ढलान पर बा, ओकरो मान राखल लोक के आपन समझ ह। सूरुज के सोझा दीया देखावे के ई क्रिया एही विनम्रता के एगो छोटहन रूप देखावेला। दीया के लौ अपना जगह बा आ सूरुज अपना जगह। दुनो के बीच कवनो होड़ नइखे। आदमी के जिनगी में भी अइसन मौका आवेला, जब ऊ अपना सामर्थ के हिसाब लगवले बिना कुछ अर्पित करे चाहेला। लइका के हाथ में फूल होखे त ऊ अपना माई के दे देला। ओह फूल से माई के धन-दौलत ना बढ़े, बाकिर लइका के मन में जे देवे के उमंग बा, ऊ फूल के अनमोल बना देला। छठ के दीया भी कुछ अइसने ह। ऊ सूरुज के काम आवे वाला चीज नइखे, आदमी के कृतज्ञता के एगो नेवता ह। ओकर छोटहन लौ में आदमी आपन मौजूदगी जतावेला। जइसे कहत होखे कि रउआ दिहल जिनगी में हमरो एगो छोटहन घर बा आ ओह घर में रउआ प्रति आदर के ई दीया जरत बा। लोक के भाषा में सूरुज के दीया देखावल भले बेकार के काम के पर्याय बन गइल होखे, बाकिर लोक के अनुष्ठान में उहे काम एगो सुंदर माने पा जाला। कहाउत आदमी के घमंड पर चोट करेला, छठ के दीया ओकर घमंड उतार देला। कहाउत में आदमी आपन सामर्थ देखावे निकलल रहेला, अनुष्ठान में आपन लघुता स्वीकार करे आवेला। उहाँ ऊ सूरुज के कुछ सिखावे ना, उनुका से जिनगी के नाता निभावे आवेला। एही से छठ के घाट पर कलसूप में रखल दीया एतना सहज आ सुंदर लागेला। ओकरा देख के सूरुज के विराट रूप के बोध होला, त आदमी के छोटहन अर्पण के गरिमा भी समझ में आवेला। लोक जानत बा कि सूरुज के दीया के कवनो जरूरत नइखे, तबो ऊ दीया लेके पहुँचेला। काहे कि हर अर्पण पावे वाला के जरूरत पूरा करे खातिर ना होला। कुछ अर्पण त देवे वाला के मन के नेह-नियम होला। सूरुज के दीया देखावे के कहाउत आ छठ के दीया के बीच एही अंतर लोक के एगो बड़ सांस्कृतिक सीख ह। एक ओर ई कहाउत हमनी के आपन सीमा पहचाने के सीख देला, त दोसरा ओर ओही सीमा में रहके नेह आ कृतज्ञता जतावे के अवसर देला। सूरुज के अंजोर पूरा संसार खातिर बा, दीया के लौ, कृतज्ञता के निशानी ह। विराट के सोझा लघु के ई अरपन लोक के सहज सुंदरता ह।
4
5
244
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
जय हो छठ माई 🙏🙏 #chhathpooja #chhathimaiya #chhath
4
10
311
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
खरना ( छठ पूजा के दुसरा दिन) छठ पूजा के दुसरका दिन 'खरना' कहाला। आज सांझि खा खरना के परसादी यानि कि खीर आ रोटी के भोग लागी, एहि परसादी के छठ व्रती लो खाई लो। एह परसाद लेहला के बाद 36 घंटा के निर्जला व्रत के शुरुवात होइ। कातिक के पचमी के दिने खरना होला। छठ व्रती लो के आखर परिवार के ओर से सकल भोजपुरिया समाज के ओर से सादर प्रनाम ।
7
18
391
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
बहँगी में बसल बा लोक के पूरा संसार - देवेंद्र एन तिवारी लरिकाइये से छठ देखत आइल बानी। अब खुद छठ करेनी। हर बरिस कातिक के महीना आवेला आ घर-अंगना के दिनचरिया बदल जाला। अबकी छठ होई। छठ माई के नेवतल जाला। फिर छठ के तइयारी सुरू होते मन में एगो सवाल उठेला कि लोक, आपन आस्था के केतना जतन से सहेजले बा। एह परब में कुछुओ ऊपर से ओढ़ल-पहिरल नइखे। हर चीज के आपन विधान बा। हर काम के पाछे पुरनियन के अनुभव आ समझ छिपल बा। हर विधि के संगे कवनो गीत जुड़ल बा। नेह-निष्ठा में कवनो देखावा नइखे। कवनो बनावट नइखे। जवन बा, अपना खाँटी रूप में बा। दशहरा बीत गइल। दियरी के परबो बीत गइल। कातिक के एकम आइल कि घर के तइयारी सुरू हो गइल। भिनसहरे लोग गंगा जी के किनारे जाए लागेला। उहाँ से माटी ले आवेला। घर के आँगन में माटी के चूल्हा पारल जाला। ओकरा के सूखे खातिर छोड़ दिहल जाला। फेर डेहरी के पारी आवेला। बरिस भर खातिर सहेज के रखल गेहूँ निकालल जाला। घर के मेहरारू लोग सूप उठावेली। गेहूँ फटकल जाला। आखल जाला। एक-एक कंकड़, तिनका आ गंदगी चुन के अलग कइल जाला। फेर गेहूँ धोवल जाला। धूप में सुखावल जाला। एह सगरी काम के संगे-संगे गीत उठत रहेला। सुग्गा के संबोधित करत ऊ गीतो सुनाई पड़ेला, ‘मरबो से सुगवा, धनुख से, जो रे गेहूँ दियो जूठिया…।’ गीत में एगो सुग्गा बा। गेहूँ बा आ ओह अन्न के पवितरता बचवले रखे के चिंता बा। ई चिंता कवनो एक घर के नइखे। पूरा लोक के बा। अब नहाय-खाय के दिन आ गइल। गंगा स्नान के बाद व्रती (परवइतिन) अरवा चाउर के भात, चना के दाल, अजका-बजका आ लौकी के तरकारी खाले। खाए-पीए में सादगी। साधना खातिर मन आ शरीर के तैयारी बदे, इ भोजन जरूरी बा। रसोई बनावे में पूरा सावधानी बरतल जाला। घर के जाँता धो-पोंछ के सुखा दिहल गइल बा। चौका लीप दिहल गइल बा। अब ओही जाँता पर छठ के गेहूँ पीसल जाई। आटा तइयार होई। चूल्हा खातिर आम के लकड़ी जुटावल जाई। एह काम में कवनो दोसर लकड़ी के इस्तेमाल ना होई। हर चीज के चुनाव में पुरनियन के चलावल परिपाटी बा। ओह परिपाटी के पीछे उनकर अनुभव आ जीवन-बोध बा। फेर खरना आवेला। घर में चूल्हा तइयार बा। पितरिया कराही चढ़ गइल बा। साँझ के पूजा होला। धूप-हुमाद देखावल जाला। केरा के पात पर रोटी, साठी के चाउर के खीर आ केला के प्रसाद सजावल जाला। पहिले व्रती प्रसाद ग्रहण करेली। फेर पूरा परिवार ओही प्रसाद के आदर से खाला। एही के संगे निर्जला व्रत सुरू हो जाला। घर में एगो अलग किसिम के अनुशासन उतर आवेला। रसोई से लेके आँगन तक हर आदमी आपन जिम्मेदारी समझेला। केहू लकड़ी जुटावेला, केहू बरतन धोवेला, त केहू प्रसाद बनावे में हाथ बँटावेला। घर के काम सबके काम हो जाला। खरना के बाद ठेकुआ बनावे के तइयारी सुरू हो जाले। चौका में पितरिया कराही चढ़ेला। आटा सानल जाला। ठेकुआ के साँचा निकालल जाला। आम के लकड़ी पर प्रसाद छानल जाला। एह बीच गीतन के एगो पूरा संसार खुल जाला। गीत गावत हाथ चलत रहेला। केहू एगो पाँति उठावेला, बाकी मेहरारू लोग ओह पाँति के दुहरावेली। एह तरह गीत घर के काम में घुल-मिल जालें। ऊ पूजा के तइयारी से अलग कवनो मनोरंजन नइखन। पूजा के विधि के हिस्सा बाड़ें। अब साँझ के अरघ के बेरा आ गइल। पहिले खेत से ऊँख आवत रहे। अब गन्ना के खेती कम हो गइल बा त छठ खातिर अस्थायी बाजार सजे लागल बा। लोग उहँओ निखहरे पाँव जाएला। दउरा आ बहँगी खातिर सामान जुटावेला। केला, शरीफा, काँच हरदी, अदरक, घुइयाँ, सिंघाड़ा, डठगर पान, अलता, पियरका सेनुर, सुपारी, बोड़ो, मूली, काँच केला, नारियल, अनारस, सेव, नारंगी, नींबू, गागल आ केरा के घवद। बाँस के सूपो आवेला। काँच बाँस के बहंगी भी। मय सामान घरे आ जाला त फेर से धोवल जाला। एक-एक चीज के जतन से दउरा में सजावल जाला। इहाँ सजावे के मतलब देखावा नइखे। ई धरती के देन के प्रति कृतज्ञता जतावे के लोकरीति ह। धरती जवन देले बिया, ओही के लेके मनई अपना आराध्य के सोझा हाजिर होला। पुरा लेख पढीं - m.facebook.com/story.php?sto…
7
13
320
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
छठ पर्व के व्याकरण/ छठ पूजा के ग्रामर । आखिर छठ पूजा के गीतन के का महता बा ! सुनी एह छठ गीतन के ! youtube.com/live/CV6w4YCbdW0…
1
3
169
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
छूट गइल माई क अचरा, छूटल गांव सिवान हो। दू पइसा के खातिन अइलीं, शहरी बन अनजान हो। कहे के बा की गांव के माटी से अन धन बरसेला। महंगी बा एतना की अब, ओसे ना पेट भरेला। पइसा जब भेजब तब जीयल ऊँहा होई आसान हो। दू पइसा के खातिन अइलीं, शहरी बन अनजान हो। उठल भीत बा घर के लेकिन, छत बा ओकर बाकी। दुअरा पर पानी लागे ला, गईयन के बा टाटी। खटब शहर में तबे जुटाइब, लिंटर के सामान हो। दू पइसा के खातिन अइलीं, शहरी बन अनजान हो। घर में बा बिजली सबके पर मन में अन्हरिया छाइल। जाने काहें सुरसा जइसन दुख सबके बढ़िआइल। सूद क पइसा भेजत रहिया कहले बा परधान हो। दू पइसा के खातिन अइलीं, शहरी बन अनजान हो। माई कहे ले बाबू हमरा मूड़ी रोज पीराला। मेहरारू के खटनी कई कई देहियाँ रोज खियाला। दूर देश से परिवरवा क पइसा राखे ध्यान हो। दू पइसा के खातिन अइलीं, शहरी बन अनजान हो। श्वेता राय
4
6
218
छठ खाली काँच ही बाँस के बहँगियाँ तक सीमित नइखे। एहिजा हर विधि के आपन गीत बा। गेहूँ फटके के अलग, प्रसाद बनावे के अलग, बहँगी उठावे के अलग, साँझ के अरघ के अलग, कोसी भरे के अलग आ भोरहरिया अरघ के अलग। ई गीत पूजा के बीच बजावे वाला गीत नइखन। ई पूजा के विधि के संगे-संगे चले वाला गीत हउवें। जइसे मंत्रोच्चार आ आरती के बिना कवनो पूजा अधूरा लागेला, ओइसहीं छठ के अनुष्ठान में एह लोकगीतन के आपन खास जगह बा। एह गीतन के गुनगुनावल भर काफी नइखे। इनकर भाव आ प्रसंगो समझल जरूरी बा। ई मेहरारू लोग के स्मृति में बसल लोकमंत्र हउवें। पीढ़ी-दर-पीढ़ी एही गीतन के सहारे छठ के विधि अगिला पीढ़ी तक पहुँचत रहल बा। @chandanfolk के 19 छठ गीत (लोक मंत्र कहल ठीक रही) पर एह सीरीज ‘ग्रामर ऑफ छठ गीत’ के सुनी, गुनगुनाईं… छठ मइया सहाय होखसु… जय छठ मइया youtube.com/live/CV6w4YCbdW0…
3
2
69
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
छठ पर्व के व्याकरण/ छठ पूजा के ग्रामर । आखिर छठ पूजा के गीतन के का महता बा ! सुनी एह छठ गीतन के ! youtube.com/live/CV6w4YCbdW0…
4
5
218
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
पिछला कुछ साल से छठ पूजा के बेर एगो आवाज के इंतजार अब आदत बन गइल बा । आज उहां के आवाज में छठ गीत आइल बा । बाजार के एह आपाधापी से परे, नेम से पत साल छठ गीतन के अनमोल धरोहर में कुछ नग कुछ मोती जोहि के सोझा राखेनी Smita Rajan जी ! इहां के आवाज में असो के गीत सुनल जाउ - youtu.be/fVsox14tKzI?si=5dPI…
2
3
207
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
लोक आस्था और सूर्य उपासना के चार दिवसीय पावन अनुष्ठान महापर्व छठ के शुभारंभ पर सभी देशवासियों को हार्दिक शुभकामनाएँ। आज नहाय-खाय है। सभी व्रतियों को मेरा नमन। सबको छठी मइया का आशीर्वाद मिले, यही कामना है।
686
3,947
104
23,301
3,287,047
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
छठ पर्व के तइयारी आ एह तइयारी के संगे गवाए वाला गीतन के भाव… छठ माई के नेवता देहला के बाद अब तइयारी के अगिला डेग अंगउ गंहूम के धोवे सुखावे पीसे के तइयारी ! youtu.be/-za6m0PlYXs?si=JxsQ…
3
13
370
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
आखिर का हऽ ‘चउमुख दियना’ - देवेन्द्र नाथ तिवारी छठ के गीतन में एगो बात बार-बार मन के छू जाले। ‘चउमुख दियना’। दू गो शब्द, बाकिर एहमें समाइल संसार केतना बड़ बा! माटी के पात्र, चार गो बाती आ चारो ओर फइलत लौ। देखे में तऽ इ पूजा के एगो साधारण सामान हऽ, बाकिर लोक के कल्पना में एकर अरथ एतने भर नइखे। लोक अपना छोट-छोट चीज-बतियन में पूरा संसार के समेट लेला। नदी, खेत, अकास, सूरज, घर-परिवार आ पुरखन के स्मृति, सब कुछ ओकरा जीवन-बोध के हिस्सा हऽ। चउमुख दियना के चारो मुख में भी लोक के एही व्यापक दृष्टि के झलकि मिलेला। हमनी के लोक में दर्शन पोथी-पतरा तक सीमित नइखे। ऊ चूल्हा के आँच में बा, खेत के मेड़ पर बा, इनार के पानी में बा आ अंगना के तुलसी चौरा में भी। सोहर, कजरी आ छठ के गीतन में जीवन के अनुभव, प्रकृति के प्रति नेह आ पुरान संस्कार एक-दूसरा में घुलल-मिलल मिलेलें। एहिजे लोक के सृजनशीलता के असल पहचान बा। ऊ गूढ़ बात के सहज प्रतीक में ढार देला। चउमुख दियना अइसने एगो प्रतीक हऽ। भारतीय चिंतन में चार के अंक के खास महत्त्व बा। चार दिशा, चार पुरुषार्थ, चार वेद आ चार आश्रम। सबसे पहिले दिशा के बात। पूरुब, पच्छिम, उत्तर आ दक्खिन। आदमी के आवागमन, ओकर बसावट आ संसार के बोध एही चार दिशा से बनत बा। पूरुब में सूरज उगेला, पच्छिम में डूबेला। छठ के परब में दुनो रूप के समान आदर मिलेला। उगत सूरज के अरघ देबे के परंपरा तऽ बटले बा, डूबत सूरज के सामने भी व्रती ओतने श्रद्धा से माथ नवावेली। लोक के इ भाव-बोध बड़ अर्थवान बा। ओकरा नजर में जीवन के उदय आ अवसान, दुनो के आपन गरिमा बा। चउमुख दियना के चारो ओर फइलत लौ मानो चारो दिशा के अपना नेह में समेट लेत होखे। चार पुरुषार्थ के प्रसंग में चउमुख दियना के एगो अउरी अर्थ खुलता। धर्म, अर्थ, काम आ मोक्ष। भारतीय जीवन-दृष्टि एह चारो के जिनगी के जरूरी आधार मानले बिया। धर्म से मरजादा मिलेला, अर्थ से जिनगी के निर्वाह होला, काम से नेह आ रस बनल रहेला आ मोक्ष से बंधनमुक्ति के आकांक्षा। लोक के आदमी एह चारो के अपना रोजमर्रा के जीवन में जीयेला। खेत में मेहनत, परिवार के परवरिश, पड़ोसी के दुख में साझेदारी आ जरूरतमंद के सहायता, इ सब ओकर धर्म के सहज रूप हऽ। ओकरा खातिर अर्थ मेहनत से उपजल अन्न हऽ, काम नेह-पिरित आ मोक्ष अपना स्वार्थ से ऊपर उठे के चाह। एह तरह चार पुरुषार्थ कवनो दूर के दार्शनिक कल्पना ना रह जालें, जिनगी के व्यवहार में उतर आवेलें। चार वेद के इयाद भी एह प्रसंग में स्वाभाविक बा। ऋग्वेद, यजुर्वेद, सामवेद आ अथर्ववेद। भारतीय ज्ञान-परंपरा के एह चारो धारा में प्रकृति, यज्ञ, संगीत, औषधि आ मनुष्य के जीवन से जुड़ल अनेक प्रसंग बा। सामवेद के संगीत-परंपरा के याद आवते छठ के गीत कान में गूँजे लागेलें। खेत में काम करत मेहरारू के कंठ से उठल गीत, घाट पर समूह में गावल जात अरज आ पीढ़ी-दर-पीढ़ी चलत धुन, इ सब लोक के सांगीतिक विरासत ह। एह गीतन के कवनो लिखित विधान के जरूरत ना पड़ल। माइ से बेटी, सास से बहू आ एगो पीढ़ी से दोसरा पीढ़ी तक इ धरोहर सहज रूप से चहुँचत रहल। चउमुख दियना के चारो मुख में चार वेद के कल्पना एह शास्त्रीय परंपरा आ लोक-संस्कृति के बीच एगो सुंदर साम्य रचेला। चार आश्रम, ब्रह्मचर्य, गृहस्थ, वानप्रस्थ आ संन्यास, जीवन के चार पड़ाव के बोध करावेलें। बालपन के सीख, गृहस्थी के जिम्मेदारी, सांसारिक कामना से क्रमशः विरक्ति आ अंततः साधना के राह। छठ के परब में एह पीढ़ीगत परंपरा के जीवंत रूप देखे के मिलेला। घर के बुजुर्ग मेहरारू व्रत के नेम बतावेली, बहू ओकरा निभावेली आ लइका लोग देखत-देखत रीति-रिवाज सीखेला। एह तरह परंपरा के किताब में ना, घर-अंगना के व्यवहार में अगिला पीढ़ी तक पहुँचावल जाला। बाकिर चउमुख दियना के अर्थ खाली एह चार सांस्कृतिक अवधारणा तक सीमित नइखे। ओकरा बनावे आ जरावे में जे लोकजीवन जुड़ल बा, ऊ भी कम महत्त्व के नइखे। माटी के दीया कुम्हार के हाथ से बन के आवेला। ओकरा में डाले वाला तेल खेती से मिलेला, बाती कपास से बनेले आ ओकरा जरावे वाला घर के केहू सदस्य होला। एगो छोटहन दीया में धरती, खेती, शिल्प आ श्रम के एतना सहज मेल बा। छठ के अनुष्ठान एह मेल के अउरी व्यापक बना देला। बाँस के सूप, माटी के चूल्हा, गन्ना, नारियल, केला आ फल-फूल, सब प्रकृति आ मनुष्य के साझेदारी के प्रमाण ह। पुरा पढीं आखर प - facebook.com/share/p/1Cggd8f…
4
7
241
कार्तिक की अमावस बीत गई है। दीपावली के बाद की सुबह है। रात के पटाखे थम चुके हैं। हवा में अब भी बारूद की गंध है। रात भर की आतिशबाजी से घरों के पालतू पशु और चिरई-चुरुंग कितने सहमे होंगे, यह गाँव का संवेदनशील मनई समझ सकता है। भोर में माई उठ गई हैं। आँगन बुहारने और दल्लीदर खेदने के बाद अब घारी की ओर गई हैं। पूरब में लालिमा उभर रही है। गइया रँभा रही है। बछिया अपनी माँ के पास जाने के लिए पगहा ताने हुए है। बैल नाद के पास खड़े हैं। आज माई को इनके लिए कुछ खास करना है। पगहे बदले जाएँगे। नाद साफ होगा। सिर पर कडुआ तेल मला जाएगा। माथे पर सिंदूर का टीका लगेगा। सींगों पर गेर चढ़ेगा। गले में नई घंटियाँ पड़ेंगी। खाने के लिए गुड़, रसियाव और दलही पूड़ी मिलेगी। आज परुआ है। हमारे भोजपुरी अंचल का नया साल। हमारे भोजपुरी अंचल में नए साल का पहला दिन कुछ इस तरह शुरू होता है। घर के लोगों के साथ ‘घारी’ और ‘बथान’ की भी सुधि ली जाती है। जिन पशुओं के श्रम से साल भर खेतों में अन्न उपजता है। घर- गृहस्थी चलती है। उनके हिस्से भी आज का उत्सव आता है। उन्हें काम से छुट्टी मिलती है। मनुष्य अपने इन मूक सहकारियों के प्रति कृतज्ञता प्रकट करता है। परुआ की इस छोटी-सी रस्म में पुरबिया कृषि संस्कृति का जीवनबोध छिपा है। गंगा, सरयू, गंडक और राप्ती से सिंचित यह भूभाग सदियों से खेती-किसानी की संस्कृति का संवाहक रहा है। यहाँ खेती आजीविका का साधन भर नहीं, जीवन की पूरी व्यवस्था थी। खेत, खलिहान, घर, परिवार, मौसम, मेले और त्योहार, सबकी अपनी जगह थी। इस व्यवस्था में पशुधन का महत्त्व मनुष्य के जीवन से अलग करके नहीं देखा जा सकता था। गाय दूध देती थी। बैल खेत जोतते थे। भैंस परिवार की जरूरतें पूरी करती थी और गोबर खेतों की उर्वरता बढ़ाता था। पशु किसान की संपत्ति जरूर थे। पर उनके साथ उसका संबंध मालिक और संपत्ति का नहीं था। उनके नाम होते थे। उनकी आदतें पहचानी जाती थीं। उनके बीमार पड़ने पर घर के लोगों की चिंता बढ़ जाती थी। वे गृहस्थी के सदस्य थे। परुआ इसी आत्मीय संबंध का सालाना उत्सव है। इस दिन पशुओं के पगहे बदले जाते हैं। नाद साफ होता है। घारी, गौशाला और बथान में चूना छींटा जाता है। उनके सिर पर तेल, माथे पर सिंदूर और सींगों पर गेर सजता है। गले में नई घंटियाँ और घुँघरुओं की माला पड़ती है। गुड़, रसियाव और दलही पूड़ी खिलाकर उन्हें दिन भर के लिए काम से छुट्टी दे दी जाती है। किसान इस दिन अपने श्रम के साझेदारों के प्रति आभार प्रकट करता है। जिनके श्रम से अन्न उपजता है, उनके हिस्से भी एक दिन का उत्सव और विश्राम होना चाहिए। यह खेती के लंबे अनुभव से उपजा लोकविवेक है। परुआ के दिन पुरबिया अंचल में खेती-किसानी का कोई काम नहीं होता। हल-बैल विश्राम करते हैं और घर के लोग भी रोजमर्रा के काम से छुट्टी लेते हैं। इस पर्व में श्रम के साथ विश्राम की भी एक मर्यादा तय की गई है। धरती से अन्न लेने वाला किसान जानता था कि पशुओं से काम लेने की भी एक सीमा है। उनके श्रम का मान करना और उन्हें विश्राम देना उसकी जिम्मेदारी है। संभव है, परुआ के नाम में भी इस विश्राम का कोई लोकसंबंध हो। पुरबिया बोली में पड़े रहने का भाव आराम करने से जुड़ता है। bhojpuri24.com/parua-purbiya…
2
2
88